शराबी ड्राइवर व्यापारी के गिरा के ट्रैक्टर से कचार दिहलसि

बलिया में एगो ट्रैक्टर ड्राइवर शराब पिए ला पइसा ना मिलला से नाराज हो के ट्रैक्टर पर सवार लक्ष्मी गुप्ता के नीचे गिरा दिहलसि आ फेर ट्रैक्टर चढ़ा के कचार दिहलसि. लक्ष्मी गुप्ता गाजीपुर जिला के महेशपुर गाँव के रहलन आ रसड़ा में अपना साला किहाँ भूसा चहुँपावे आइल रहलें. कहल जात बा कि लवटत में मिरनगंज का लगे ड्राइवर श्रीकांत पासवान उनका से शराब पिए ला पइसा मँगलसि आ ना दिहलें त उनका के गिरा के कचार दिहलसि जवना से उनकर ठाँवे पर मोत हो गइल.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।