शराब बनावे के गैरकानूनी कारखाना मिलल

बक्सर जिला के बगेन थाना इलाका के मड़िया गाँव में मुरारी यादव का जमीन पर चलत शराब के एगो गैरकानूनी कारखाना पर पुलिस छापा मार के नाहियो त पचास लाख के मशीन आ सामान संगे गैरकानूनी रूप से बनावल शराबो बरामद कइलसि. पुलिस के देखते कारखाना चलावे वाला मजदूर भाग परइलें.

मुरारी यादव के जमीन लीज पर ले के भोजपुर जिला के जमीरा गाँव के भरत राय जमीन का उपर त आटा चक्की आ मुर्गी फार्म चलावत रहुवन बाकिर तहखाना का रास्ते नीचे शराब तइयार कइल जात रहुवे आ ओकरा के पाउचन में भर भर के दूर दूर ले सप्लाई कइल जात रहुवे.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।