शशिमोहन सिंह आ प्रिया कपूर के कमेस्ट्री 'दिल ले गईल ओढ़निया वाली' में

हाल ही में बिहार में रिलीज फिल्म ‘दिल ले गईल ओढ़निया वाली’ के दर्शक खूबे पसन्द करत बाड़े आ एकर सफलता साबित करत बा कि स्वस्थ मनोरंजन वाला समहर पारिवारिक फिल्म दर्शक जरूर पसन्द करेलें. प्रेम के पूजा करे वाला नायक के कइसन हालातन के सामना करे पड़ेला एकरा के खूबसूरती से परदा पर उतारल गइल बा. एहमें दू गो जोड़ा शशिमोहन सिंह – प्रिया कपूर आ खेसारीलाल यादव – अंजना सिंह के कमेस्ट्री बहुते लाजवाब बा.

पेशा से एडिशनल एस.पी. आ अभिनेता शशिमोहन सिंह क किरदार प्यार में पागल प्रेमी के बा जे घर के मालिक छतीसगढ़ी अभिनेता रजनीश झांजी के बहिन से प्यार कर लेता. बाद में अपना अपना प्रेमी के जिंनिगी बचावे खातिर प्रेमिका प्रिया कपूर खुद मौत के गले लगा लेत बाड़ी. जिनिगी आ मौत का बीच प्यार के एह लड़ाई में दुनु कलाकार बढ़िया अभिनय कइले बाड़ें.

बालाजी सिने विजन का बैनर में बनल एह फिल्म के निर्माता राजेश सिंह आ पप्पू भाई, अउर क्रिएटिव निर्माता आशीष एस. ठाकुर हउवें. निर्देशक अरविन्द चौबे. का निर्देशन भी लाजवाब है.

बालाजी सिने विजन के जल्दिए रिलीज होखे वाला हिंदी फिल्म ‘वर्दी वाला गुण्डा’ में शशिमोहन सिंह अपना रीयल लाईफ वाला एस.पी. के भूमिका में बाड़ें.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।