शहनाज अख्तर का आवाज मे देवी भजन

शहनाज अख्तर का आवाज मे देवी भजन

मइया पाँव पैजनिया

सुन्दरानी फिल्म्स इंडिया का बैनर तर बनल ई वीडियो आजु यूट्यूब पर सुननी त सोचनी कि काहे ना रउरो सभ से एकरा के साझा कर दी .

छूम छूम छननन बाजे मईया पाँव पैजनिया गीत के आवाज दिहले बाड़ी शहनाज अख्तर. एकर निर्माता लखी सुन्दरानी आ निर्दशक मोहन सुन्दरानी हउवेे. एजाज खान का संगीत सेे सजावल एह गीत के संगीत संयोजन बबलू मैथ्यूज कइलेे बाड़न. रिकार्डिंग सचिन उपाध्याय का देेखरेख में भइल बा. बाकी पूरा विवरण यूट्यूब पर मिल जाई.

एह गाना के बोल बावेे –

छुम छुम छननन बाजेे मईया पाँव पैजनिया.
छुम छुम छननन बाजेे मईया पाँव पैजनिया.
पाँव पैजनिया मईया पाँव पैजनिया.
छुम छुम छननन बाजेे मईया पाँव पैजनिया.

कौन गढ़ावे मईया पाँव पैजनिया
कौन गढ़ावेे मईया पाँव पैजनिया.
कौन ओढ़ावेे ओढ़निया मईया पाँव पैजनिया.
छुम छुम छननन बाजेे मईया पाँव पैजनिया.

सोनरा गढ़ावेे मईया पाँव पैजनिया,
सोनरा गढ़ावेे मईया पाँव पैजनिया.
दरजी ओढ़ा दे ओढ़निया मईया पाँव पैजनिया.
छुम छुम छननन बाजेे मईया पाँव पैजनिया.

केहि चढ़ाव मईया पाँव पैजनिया
केहि ओढ़ावेे ओढ़निया मईया पाँव पैजनिया.
छुम छुम छननन बाजेे मईया पाँव पैजनिया.

दुुरुगे चढ़ा द मईया पाँव पैजनिया
दुरुगेे ओढ़ा द ओढ़निया मईया पाँव पैैजनिया.
छुम छुम छननन बाजेे मईया पाँव पैजनिया.
पाँव पैजनिया मईया पाँव पैजनिया,
छुम छुम छननन बाजेे मईया पाँव पैजनिया.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..