शहीदे आजम भगत सिंह के 106 वां जनमदिन मनावल गइल

जौनपुर जिला मे कई जगहा आजु शहीदे आजम भगत सिंह के 106वां जनमदिन मनावल गइल.
जिला के कलेक्ट्रेट परिसर मे क्रांतिस्तम्भ पर हिन्दुस्तान सोशलिस्ट रिपब्लिकन आर्मी आ लक्ष्मीबाई ब्रिगेड के कार्यकर्ता देश के आजादी मे आपन प्राण निछावर करे वाला शहीदे आजम भगत सिहं के 106वां जनमदिन पर मोमबत्ती आ अगरबत्ती जरवले आ दू मिनट के मौन रखके उनका के श्रद्धाजंलि दिहले.
लोकचेतना मंच के कार्यकर्ता टी.डी कालेज के बलरामपुर हाल मे संगोष्ठी के आयोजन क के शहीदे आजम भगत सिंह के जनमदिन मनवलें.
शहर के सब्जीमंडी मे भगत सिंह पार्क मे बामपंथी कार्यकर्ता क्रांतिकारी भगत सिहं के प्रतिमा पर फूलमाला चढ़वले आ सभा आयोजित क के उनकर जनमदिन मनवले.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।