शहीद के मुआवजा जिनिगी के जंजाल बन गइल

img_20161002_091959उरी में भइल आतंकी हमला में शहीद भइल दुबहड़ के क्यूराजेश यादव के पत्नी के जिनिगी मुआवजा का चलते जंजाल हो गइल बा। देवर से शादी करवावे खातिर ससुराल वाले पार्वती देवी पर दबाव डलले बाड़े। शहीद के मिलल चेक देवर अपना हाथ में रख लेले बा।
शहीद राजेश यादव के सरकार का तरफ से बीस लाख आ रसड़ा विधायक उमाशंकर सिंह का तरफ से दू लाख के चेक मिलल बा। लखनऊ में फ्लैट आ पेट्रोल पंप मिले वाला बा। एह सब के हथिया लेबे खातिर देवर के पहिले से तय शादी तूड़ के विधवा भउजाई से करवा दीहल चाहत बाड़े ससुराल वाले।
काल्हु शनिचर का दिने शहीद राजेश यादव के पत्नी पार्वती देवी के तिसरकी बेटी के जनम महिला अस्पताल में भइल बा। पार्वती देवी के अपना नइहर के लोग से मिले नइखन देत ससुराली आ घेर के रखले बाड़े।
प्रशासन फ़िलहाल एह मामिला से अनजान बा।

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..