शहीद जवान के परिवार के 25 लाख के सहायता दिआइल


लखनऊ, 25 मई (वार्ता) यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ छत्तीसगढ़ के नक्सली हमला में शहीद भइल केन्द्रीय रिजर्व पुलिस बल के जवान जौनपुर निवासी राजेश कुमार बिंद के भावभीनी श्रद्धांजलि देत एलान कइनी कि उनुका परिवार के 25 लाख रुपिया के आर्थिक सहायता दीहल जाई.
शहीद राजेश कुमार बिंद के भावभीनी श्रद्धांजलि अर्पित करत योगी जी कहनी कि देश के रक्षा ला आपन सर्वोच्च बलिदान देबे वाला एह वीर सपूत के हमेशा याद कइल जाई. योगी जी शहीद जवान के शोक में डूबल परिवारो ला आपन संवेदना जतवनी.
मुख्यमंत्री कहनी कि आर्थिक मदद का अलावा शहीद राजेश के परिवार के एक बेकत के सरकारी नौकरिओ दीहल जाई.
जान जाईं कि हाल ही में छत्तीसगढ़ में भइल नक्सली हमला में सात गो जवान शहीद हो गइल रहलें आ एहीमें जौनपुर के राजेश कुमार बिंदो शामिल रहलन.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।