शाहरूख-काजोल आ ऋतिक-करीना का बाद निरहुआ-पाखी बिग बी के बेटा-पतोहु बनले

Nirahua and Pakhi with Amitabh Bachchan and Jaya Bachchanकिंग खान-काजोल आ ऋतिक रौशन-करीना कपूर का बाद सिनेमा भोजपुरी के जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ आ पाखी हेगड़े हिन्दी सिनेमा के शांहशाह अमिताभ बच्चन आ जया बच्चन के बेटा-पतोहु का भूमिका में नजर आवे वाला बाड़े. निरहुआ-पाखी बिग बी के मेकअप मैन दीपक सावंत के भोजपुरी फिल्म ‘‘गंगा देवी’’ में अमिताभ-जया के बेटा आ पतोहु बनल बावे लोग. एहसे पहिले फिल्म “कभी खुशी कभी गम” में अमिताभ आ जया के बेटा पतोह का भूमिका में शाहरूख खान-काजोल आ ऋतिक-करीना के जोड़ी आइल रहे.

दक्षणा फिल्मस् के बैनर तले बनत एह फिल्म में निरहुआ एगो राजनीतिक कार्यकर्ता के किरदार करत बाड़े.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।