शिक्षकन के हर साल एक हफ्ता ट्रेनिंग दिहल जाव सीबीएसइ

केन्द्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड, सीबीएसइ, अपना स्कूलन से कहले बा कि हर शिक्षक के साल में एक हफ्ता के ट्रेनिंग दिहल तय कइल जाव. ट्रेनिंग राज्य सरकार भा केन्द्र सरकार से मान्य कवनो एजेन्सी से करावल जाव. शिक्षा के अधिकार कानून का बाद देश में प्रशिक्षित शिक्षकन के कमी देखत बोर्ड एह नियम के जरूरी बना दिहले बिया आ जवन स्कूल एकर पालन ना करी ओकरा खिलाफ कार्रवाई करी सीबीएसइ.

सरकारी आंकड़ा बतावत बा कि बिहार में १.८६ लाख आ उत्तरप्रदेश में १.४३ लाख शिक्षक अप्रशिक्षित बाड़ें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *