शिवकुमार राय के निधन पर शोक सभा

बलिया के पुरान आ नामी वकील ९५ साल के शिवकुमार राय के शुक के रात निधन का बाद काल्हु बलिया के वकील श्रद्धांजलि सभा करके उनुका के आपन श्रद्धांजलि दिहलें. सिविल बार एसोसिएशन के अध्यक्ष शिवजी पाण्डे कहले कि शिवकुमार राय साल १९३८ से लगातार ७२ साल ले प्रैक्टिस कइलन. अतना सीनियर वकील के निधन से बलिया वकालत के एगो युग के अंत हो गइल. शिवकुमार राय एक बेर पूर्व प्रधानमंत्री चन्द्रशेखर का खिला भाजपा के उम्मीदवार बन के लड़ल रहले बाकिर ओकरा बावजूद चन्द्रशेखर के परिवार से उनकर संबंध निमने बनल रहल.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..