शिवकुमार राय के निधन पर शोक सभा

बलिया के पुरान आ नामी वकील ९५ साल के शिवकुमार राय के शुक के रात निधन का बाद काल्हु बलिया के वकील श्रद्धांजलि सभा करके उनुका के आपन श्रद्धांजलि दिहलें. सिविल बार एसोसिएशन के अध्यक्ष शिवजी पाण्डे कहले कि शिवकुमार राय साल १९३८ से लगातार ७२ साल ले प्रैक्टिस कइलन. अतना सीनियर वकील के निधन से बलिया वकालत के एगो युग के अंत हो गइल. शिवकुमार राय एक बेर पूर्व प्रधानमंत्री चन्द्रशेखर का खिला भाजपा के उम्मीदवार बन के लड़ल रहले बाकिर ओकरा बावजूद चन्द्रशेखर के परिवार से उनकर संबंध निमने बनल रहल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।