शिवभक्त विनय आनंद करीहें ‘शिवचर्चा’

vinay-anandसिनेमा भोजपुरी के सुपर स्टार विनय आनंद अब भोजपुरी फिलिम ‘शिवचर्चा’ में नजर अइहें. अपना निजीओ जिनिगी में विनय आनंद भगवान शिवजी के बड़हन भक्त हउवें आ भगवान शिव आ उनुका नगरी काशी दुनु से विनय आनंद के बहुते लगाव बा. ‘शिवचर्चा’ से पहिलहु विनय आनंद एगो धार्मिक फिलिम कइले रहुवन ‘उगऽ हो सुरूजदेव भइल अरघ के बेरा’ जवना के बिहार में बहुते पसंद कइल गइल रहुवे आ खासकर मेहरारू ओह फिलिम के खूब देखली. विनय आनंद के कहना बा कि आजु के निर्माता लोग भगवान शिव पर कम, भूत बैताल शैतान पर अधिका फिलिम बनावत बाड़ें.

‘शिवचर्चा’ के निर्माता अर्पित आनंद आ निर्देशक अशोक घायल हउवें. विनय आनंद के नायिका बाड़ी प्रतिभा पाण्डेय. एकर शूटिंग आजकाल्हु झारखण्ड के हजारी बाग आ रामगढ़ के गांवन में कइल जा रहल बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।