शिवहर मोतिहारी सड़क छह दिन से बंद बा

नेपाल से आवत पानी का चलते नदियन में आइल बाढ़ से शिवहर मोतिहारी रोड पिछला छह दिन से बंद बा आ अबहियों एकरा चालू होखे के उमेद नइखे. पश्चिमी चंपारण के सिकटा टीसन का पश्चिम किनारे ओरिया नदी के बाँध लगभग तीस फुट टूट गइल बा. आ अनेके गाँव बाढ़ का पानी में डूबल बाड़ी सँ. लोग के शिकायत बा कि माटी भरे में ठीकेदार का बेइमानी का चलते ई बाँध टूटल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..