‘शिव चर्चा’ 16 मई के रिलीज होखी

ShivCharcha
दीदी नीलम इंटरटेनमेंट प्रा.लि. के बैनर तले बनल निर्माता अर्चित के भोजपुरी फिलिम ‘शिव चर्चा – एक आध्यात्मिक जागरण’ 16 मई से बिहार में रिलीज होखे जात बा. पिछला दिने एगो समारोह क के एकर आडियो रिलीज कइल गइल.

शिवजी के महिमा से ओत-प्रोत आ अटूट शिव भक्ति के कहानी देखावत एह फिलिम में एगो बाँझ बहिन के दर्द आ समाज के तीत ताना देखावल बा. कइसे उ अपना माई आ छोट बहिन ला आपन देह ले गिरवी राख देत बाड़ी, अपना प्यारो के बलि दे देत बाड़ी. बाकिर शिव गुरु के कृपा उनुका प अइसन होखत बा कि सगरी तकलीफ बिला जात बा आ जिनिगी खुशी के अँजोर से भर जात बा.

फिलिम के नायक मनरेगा मजदूर होखतो स्वाभिमानी आ सत्यवादी शिव भक्त ह. उ समाज के ऊंचा तबका के लोगन पर सीधा प्रहार करऽता जे गरीब लाचार लोग के अस्मत से खेलेले आ अत्याचार करेले. एह नारी प्रधान फिलिम में आध्यात्मिकता का साथही शिव भक्ति के तारतम्य बहुते दिल छुए वाला तरीका से देखावल गइल बा.

निर्देशक अशोक घायल एकरा पहिले बतौर संगीतकार ‘हमार घरवाली’, ‘कन्हैया’, ‘गंगा’, ‘गंगोत्री’, ‘किसना कइलस कमाल’, ‘हे राम’, ‘गंगा मइया तोहे चुनरी चढ़इबो’, ‘चला सखी दुल्हा देखे’ जइसन कई दर्जन फिलिमन में काम कर चुकल बाड़े. बतौर निर्देशक इ उनुकर पहिला फिलिम ह.

एह फिलिम के मुख्य कलाकारन में विनय आनंद, प्रतिभा पाण्डे, उदय श्रीवास्तव, सुमंत मिश्रा, राहुल सिंह, नेन्सी वर्मा, डा. राजेन्द्र, भानू उजाला, निकिता, सूरज, राजू कुंजुवाला, प्रमिला सिन्हा, चांदनी वगैरह के नाम शामिल बा.


(रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।