शुक से शुरु हो रहल बा क्रिकेट के प्रीमियर लीग

खेल से बेसी नोट कमाये वाला धंधा बन चुकल इण्डियन क्रिकेट के चउथका प्रीमियर लीग काल्हु से शुरु हो रहल बा. पहिले के तीनो लीग सफलता पूर्वक संपन्न हो चुकल बा. दुसरका लीग देश में चुनाव का चलते दक्षिण अफ्रीका में करावल गइल रहे. एह लीग में शामिल सगरी टीम जोरदार मुनाफा कमा रहल बाड़ी सँ. काल्हु के पहिलका मैच चेन्नई सुपर किंग्स आ कोलकाता नाइट राइडर्स का बीच चेन्नई के चेपक में चिदम्बरम स्टेडियम में होखे जा रहल बा.५१ दिन ले चले वाला एह लीग में १० गो टीम का बीच ७४ गो मैच होखे वाला बा जवन कि देश के तेरह गो मैदानन में खेलल जाई. अबकी के लीग में दू गो नया टीम बाड़ी सँ केरल के कोची टस्कर्स आ पुणे के पूणे वैरियर्स.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..