शुभम तिवारी के दुल्हिनिया बनली रिंकू घोष

सिल्वर स्क्रीन पर फिल्म तू ही मोर बालमा में अपना नायिका रिंकू घोष से इश्क मोहब्बत में डूबल शुभम तिवारी अब अपना अगिला फिलिम दयावान में उनका साथे शादी रचावत नजर अइहें बाकायदा माँग में सेनूर डाल के. असलम शेख निर्देशित आ रितेश कुमार ठाकुर के बनावल फिलिम तू ही मोर बालमा में चर्चित अदाकारा रिंकू घोष आ शुभम तिवारी पहिलका बेर नायक नायिका बनल बा लोग. साथ में जूनियर निरहुआ, मनोज टाइगर, आ दीपको दूबे रिंकू घोष पर लाइन मारत नजर अइहें. शुभम तिवारी एह मामिला में खुशनसीब निकललन कि एह फिल्म में प्रेमिके तक रहल रिंकू घोष दयावान में उनकर पत्नी बनीहें.

दयावान में भोजपुरी के सुपर स्टार मनोजो तिवारी बाड़े. शुभम के एगो फिल्म कानून हमरा मुट्ठी में आजुकाल्ह चारो ओर सफलता के डंका बजवले बा. एह फिल्म के निर्देशन आनंद डी गहतराज कइले बाड़ें. तू ही मोर बालमा प्रदर्शन खातिर तइयार बा, दयावान के शूटिंग चल रहल बा, कलयुग के योद्धा खातिर लोकेशन खोजात बा.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।