शुभी शर्मा अब रविकिशन का साथे


पिछला साल भोजपुरी फिल्म के सबले बड़ सर्वे में, जवना के भोजपुरी पत्रिका दि सण्डे इण्डियन आ आईसीएमआर करवले रहे, शुभी शर्मा के सबले बेहतर नवोदित अभिनेत्री के सम्मान मिलल रहे. अब शूभी शर्मा भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन का साथे फिल्म “संतान” में काम कर रहल बाड़ी. रविकिशन के नायिका बन के काम कइल शुभी शर्मा खातिर उनकर एगो सपना के पूरा भइल बा. अब ले शुभी शर्मा प्रवेश लाल यादव आ पवन सिंह का साथे काम कर चुकल बाड़ी आ रविकिशन के नायिका बन के सामने आवे के ई उनुकर पहिला मौका बा. इ सोचिये के शुभी गदगद बाडी. पुनीत केलाम विनीत केला आ अनुप कुमार के बनावल एह फिल्म के निर्देशन मशहूर निर्देशक हैरी फर्नाण्डीज का जिम्मे बा. शुभी शरम्ा के अउरियो कई गो फिल्म आजुकाल्हु फ्लोर पर बाड़ी सँ.
(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..