शुभी शर्मा के हिट परेड

SubhhiSharmaसिनेमा भोजपुरी के सनसनी शुभी शर्मा बॉक्स ऑफिस पर हिट पर हिट फिलिम दिहले जात बाड़ी. एह साल शुभी के तीन गो फिलिम आइल आ तीनो बाक्स आफिस पर जबरदस्त सफलता लिहलसि. एहमें पवन सिंह संगे ‘बनारसवाली’ आ ‘वीर बलवान’ रहल आ अब प्रवेशलाल संगे बनल ‘टाईगर’ फिलिमो शानदार सफलता लिहले बा. एह सफलता से शुभी बहुते उत्साहित बाड़ी.

आजु काल्हु शुभी शर्मा सुपरस्टार रविकिशन आ पवन सिंह संगे ‘कट्टा तनल दुपट्टा पर’ के शुटिंग करत बाड़ी.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..