शुरू भइल "राजा जी आई लव यू"

“दिलदार सांवरिया” फिलिम बना के चरचा आइल कंपनी तन्वी मल्टीमिडिया अब अपना दुसरकी rajaji-i-love-u-muhurtफिलिम “राजा जी आई लव यू” बनावल शुरू कर दिहले बिया. शुरूआत एकर निर्माता दीपक शाह आ निर्देशक बिनय बिहारी मुंबई में विधिवत पूजा करा के कइलन. निर्देशक बिनय बिहारी भोजपुरी के नामी गीतकार आ संगीतकार हउवें. मुहूर्त पर उनके लिखल आ संगीतबद्ध कइल गीत के कल्पना के आवाज में रिकार्ड कइल गइल.

तन्वी मल्टीमिडिया के पहिलका फिलिम “दिलदार सांवरिया” के चर्चित जोड़ी यश कुमार मिश्रा आ अंजना सिंह एहू फिलिम में नजर अइहें. निर्देशक दीपक शाह के कहना बा कि पहिलको फिलिम में ई लोग बहुते बढ़िया काम कइले रहुवे एहसे उनका लगे यश आ अंजना के जोड़ी ना दोहरावे के कवनो कारण ना रहुवे.

एह फिलिम के की कथा-पटकथा आ संवाद लेखक एस. के. चौहान आ कैमरा मैन प्रमोद पाण्डेय हउवें. मुहूर्त क मौका पर अभिनेता कुणाल सिंह, पवन सिंह, बृजेश त्रिपाठी, मनमोहन तिवारी, हैदर काज़मी, संजय पाण्डेय, अविनाश शाही, निर्देशक जगदीश शर्मा, फरोग अहमद सिद्दीकी, देव पाण्डेय, नृत्य निर्देशक पप्पू खन्ना, रिक्की गुप्ता समेत फिलिम जगत के अनेके खासमखास लोग मौजूद रहल.

एकर शूटिंग मई में शुरू होखी.


(उदय भगत)

1 Comment

  1. alok tiwari

    vinay bhaiya hamuo ke aawek baa bhojpuri film me akere liye ka kare ke padi rauwa zara batai hamuo ke hamar mail id aloktiwari1710@gmail.com aurrr mobile no.-09647823120081,0918141819364

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।