शुरू हो गइल धुरंधर

धुरंधर, माने जे हर काम में माहिर होखे. एही नाम से बनत भोजपुरी फिल्म के शुरुआत पिछला दिने गोरेगांव के कृष्णा स्टूडियो में हो गइल. सत्यनारायण फिल्म्स का बैनर तले बने वाली एह फिल्म के निर्देशक दीपक तिवारी हउवें, जे एहसे पहिले कई गो मराठी फिल्मन के निर्देशन कर चुकल बाड़न.

“धुरंधर” के मुख्य किरदार में रवि किशन आ संगीता तिवारी के नाम बा. बाकी कलाकारन के चयन अबही करे के बा. रवि किशन आ संगीता तिवारी के जोड़ी तिसरका बेर आ रहल बा. दुनु एहसे पहिले मोहन जी प्रसाद के “ए बलम परदेशी में” काम कर चुकल बाड़े आ जल्दिये हैरी फ़र्नान्डिस के फिल्म “रामपुर के लक्ष्मण” में आवे वाला बा लोग.

रवि किशन एह फिल्म में एगो छात्र के भूमिका में बाड़न. फिल्म का लॉचिंग का मौके पर निर्देशक आनंद गहतराज, बबलू सोनी, राजू चौहान, रामेश्वर मिश्रा, रवि सिन्हा, बादशाह खान, अभिनेता बृजेश त्रिपाठी, सुमित बाबा सहित अनेक गणमान्य लोग मौजूद रहे. फिल्म के शूटिंग अगिला महीना से शुरु हो रहल बा.
स्रोत उदय भगत

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..