शेयर मार्केट में बिकवाली के दौर नउवों दिने जारी

पिछला आठ सत्र से बिकवाली के दौर झेलत देश के शेयर बाजार सोमारो का दिने जारी रहल. बाजार बन्द होखे का बारे जोरदार गिरावट देखे के मिलल आ सेंसेक्स 372 अंक का गिरावट का साथे 37091 पर आ निफ्टी 131 अंक के गिरावट का साथ 11148 पर बन्द भइल.

जानकारन के कहना बा कि चुनावी दौर का चलते अबहीं निवेशक सहमल बाड़ें आ कवनो नया निवेश नइखन करत. आ जबे मौका मिलत बा मुनाफा काट लेत बाड़ें.

अगिला हफ्ता अतवार 19 मई का चुनाव का बाद साँझ से परिणामन के अटकलबाजी शुरु हो जाई आ सोमार से ले के बियफे 23 मई का दिन ले जबरदस्त उठापटक देखे के मिल सकेला. नौसिखिया आ कमजोर पाकिट वाला लोग अगर एह बीच बाजार से बाहरे रहे त नीमन. काहे कि पूंजी से बरियार शेयर खिलाड़ी अपना रौ में रहीहें.

वइसे पिछला कई चुनाव से देखे के मिलल बा कि चुनाव का बाद बाजार सुधरे के दौर शुरु हो जाला जवन उठत गिरत अगिला चुनाव ले नीमन फायदा दे जाला. एहसे अगर राउर निवेश बरियार शेयरन में बा त धीरज राखीं. रहीम के दोहा बहुते काम के ह कि –
रहिमन चुप ह्वै बैठिए देखि दिनन के फेर
जब नीके दिन आइहें बनत ना लगीहें देर.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।