शो मैन सुभाष घई बनवले भोजपुरी फिल्म

भोजपुरी फिल्मन का निर्माण में कई गो बडहन फिल्मकार डेग भर चुकल बाड़े जवना में दिलीप कुमार, सायरा बानो, एन॰ आर॰ पचीसीया, एकता कपूर, इन्द्र कुमार, दिपक सावंत, भाग्यश्री, महिंद्रा एण्ड महिंद्रा का बाद अब हिन्दी सिनेमा जगत के शो मैन कहाये वाला सुभाषो घई शामिल हो गइले.

घई अपना निर्माण कंपनी “मुक्ता आर्ट्स” लि॰ का बैनर में धर्मात्मा नाम के भोजपुरी फिल्म बनवले बाड़न जवन एही दशहरा पर 15 अक्टूबर के रिलीज होखे जा रहल बा. मुक्ता आर्टस लि॰-सुभाष घई “धर्मात्मा” के प्रस्तुत कइले बाड़े जवना में भोजपुरिया सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन मुख्य भूमिका कइले बाड़े.


“धर्मात्मा” में ई देखावे के कोशिश कइल गइल बा कि अहिंसा के पुजारी महात्मा गाँधी के आदर्श के पुजारी एगो नवजवान कइसे एह भ्रष्ट सिस्टम में फँस के हिंसा के धर्मात्मा बनि जात बा. फिल्म के निर्देशन प्रकाश जयसवाल कइले बाड़े जे एहसे पहिले “तू हमार हऊ” आ “पूरब पश्चिम” जइसन सफल फिल्म दे चुकल बाड़े. समाज के मनोरंजन का साथे एगो सीख देत “धर्मात्मा” में रवि किशन के नायिका साहिदा रंधावा बाड़ी. बाकी कलाकारन में गौरव घई, मोनालिसा, रजा मुराद, ब्रृजेश त्रिपाठी, वल्लभ व्यास, मुस्ताक खान, शबनम कपूर जइसन नाम बा.

फिल्म के कथा-पटकथा नईम इजाज के लिखल आ धाँसू संवाद सुरेन्द्र मिश्रा के लिखल बा. फिल्म की सबले बड़ खासियत एकर क्लाइमेक्स बा जहवाँ हिंसा के “धर्मात्मा” बन चुकल नायक रवि किशन विधान सभा में घुस के एगो भष्टाचारी-अपराधी मंत्री के मौत के घाट उतार देता आ ओकरा बाद हिंसा के राह तज देत बा. एह फिल्म के सोलो इंटरटेनमेंट प्रा॰ लि॰ का बैनर में बनावल गइल बा आ राजेश कनोज एकर सह-निर्माता हउवें. गीतकार विनय बिहारी के लिखल गीतन के राजेश गुप्ता संगीतबद्ध कइले बाड़न.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त आ उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।