भगवती प्रसाद द्विवेदी जी के मिलल बाल साहित्य भारती सम्मान

लमहर समय से नीमन नीमन बाल साहित्य रचत आवत भोजपुरी हिन्दी के अनन्य  साधक भगवती प्रसाद द्विवेदी जी के आजु उत्तर प्रदेश हिंदी संस्थान का तरफ से दू लाख रुपिया नगद पुरस्कार का साथे बाल साहित्य भारती सम्मान से मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ का हाथ से सम्मानित कइल गइल ह.

अँजोरिया के शुरुआते से द्विवेदी जी के रचना अँजोर करत रहे के सौभाग्य रहल बा हमनी के आ आजु भगवती प्रसाद द्विवेदी जी के मिलल एह सम्मान से पूरा भोजपुरी जगत अपना के सम्मानित महसूस करत बा. द्विवेदी जी के एह उपलब्धि पर उहाँ के कोटिश बधाई अउर शुभकामना ।

भगवती बाबू भोजपुरी का साथही हिन्दिओ के वरिष्ठ साहित्यकार हईं.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।