श्वेता तिवारी के अपना पूर्व पति से झगड़ा भइल


मशहूर अदाकारा आ हालही में कलर टीवी चैनल के बिगबास सीजन फोर के विजेता बनल श्वेता तिवारी के अपना पूर्व पति राजा चौधरी से झगड़ा हो गइल. राजा श्वेता का घर में घुस के उनका के बहुते बुरा भला कहलें आ मारोपीट कर दिहले. दुनु का बीच बेटी के गार्जियन बने के झगड़ा बा. बेटी अबही श्वेता का साथ बिया आ राजा ओकरा के अपना साथ राखे के चाहत बाड़न.

मारपीट आ झगड़ा का बाद श्वेता तिवारी पुलिस मे जा के शिकायत कर दिहली आ पुलिस राजा चौधरी के, जे कई गो भोजपुरी फिल्मन में अभिनय कर चुकल बाड़े, लोखण्डवाला से गिरफ्तार कर के कोर्ट में पेश कर दिहलसि जहाँ बीस हजार के मुचलका पर उनका के ओहि दिने जमानत दे दिहल गइल.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।