"संगीत भोजपुरी" पर अब भोजपुरी फिलिमो देखावल जात बा


भारत के पहिलका भोजपुरी म्यूजिक चैनल “संगीत भोजपुरी” पर अब रउरा भोजपुरी फिल्मो के आनंद उठा सकीले. हर शनिचर रात आठ बजे आ अतवार दुपहरिया दू बजे से भोजपुरी के लोकप्रिय फिलिमन के देखावल जाला. एह फिलिमन में मनोज तिवारी आ मिथुन चक्रवर्ती के फिल्म “भोले शंकर”, पवन सिंह के “चोरवा बनल दामाद “, कुणाल सिंह के “बैरी सजना” आ “बैरी कंगना” आ सुजीत कुमार के फिल्म “आईल बसंत बहार” जइसन सदाबहार हिट फिलिमन के देखल जा सकेला.

त अब भोजपुरी के हिट गाना का साथही फिलिमो के आनन्द उठावल करीं “संगीत भोजपुरी” पर.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।