संघमित्रा में मुख्य किरदार निभइहें दिशा पटानी


मुंबई 28 जून (वार्ता) बॉलीवुड अभिनेत्री दिशा पटानी सिल्वर स्क्रीन पर संघमित्रा के किरदार निभावत नजर आ सकेली.
दिशा पटानी के दक्खिन के मेगा बजट तेलुगु फिलिम संघमित्रा खातिर साइन कइल गइल बा. एह फिलिम से दिशा दक्खिन भारतीय फिलिमन में आपन डेब्यू करे जात बाड़ी. ई फिलिम पहिले जुलाई में फ्लोर पर जाए वाली रहल बाकिर अब एकर शूटिंग के तारीख एक महीना आगा बढ़ा दीहल गइल बा. दिशा पटानी एह फिलिम में संघमित्रा के किरदार निभावे जात बाड़ी. सुन्दर सी के निर्देशन में बने वाली एह फिलिम के कहानी योद्धा राजकुमारी के बावे. है। तेलुगु में बने वाली यह फिलिम के बजट 350 करोड़ के बनावल गइल बा.
दिशा त एकरा का पहिलही साइल कर चुकल रही बाकिर फिलिम निर्माण लेके उहापोह रहुवे. बतावल जात बा कि एह फिलिम के एस एस राजमौली के बाहुबली का तर्ज़ पर बनावल जाई. एकरो के दू हिस्सा में रिलीज कइल जाई. आठवीं सदी के एह महिला योद्धा का कहानी में साऊथ स्टार जायम रवि अउर आर्यनो के अहम भूमिका हाखी.
फिलिम तेलुगु का साथ ही तमिल आ हिंदीओ में रिलीज़ करे के प्लान बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।