संघ कहलसि नमो नमो जाप करे के

लखनउ में भाजपा के नेता लोग से बतियावत संघ के सह कार्यवाह सुरेश सोनी कहलन कि सभे नरेंद्र मोदी के पक्ष में लामबंद होके सुर में सुर मिलवले रह. मोदी के नेतृत्व पर कवनो तरह के अहजह के गुंजाइश नइखे. जनता मोदी के चाहत बिया आ अगर भाजपा एहमें एने ओने कइलसि त फेर अइसन संजोग ना भेंटा पाई. अबकी त कबहू ना. संघ के एह तरह खुल के मोदी का पक्ष में आ गइला से भाजपा कार्यकर्तन का मन में उछाह आ गइल बा. सुरेश सोनी का संगे भइल बइठक में भाजपा का अलावे विश्व हिंदू परिषद, बजरंग दल आ विद्यार्थी परिषद समेत सगरी अनुषांगिक संगठनन के पदाधिकारी शामिल रहलें. सुरेश सोनी सभका के कहलन कि नरेन्द्र मोदी का पक्ष में माहौल बनावे लोग.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।