संघ के गणवेश में बदलाव

छियासी साल का अपना इतिहास में राष्ट्रीय स्वंयसेवक संघ के गणवेश में तिसरका बदलाव होखे जा रहल बा, अबले चमड़ा के एगो चौड़ा बेल्ट खाकी पैन्ट पर लागत रहुवे जवना के हटा के अब कृत्रिम बेल्ट पहिरल जाई. बदलाव के पीछे के कारण बतावत संघ के कहना बा कि ऊ बेल्ट कानपुर के एगो अकेला कंपनी सप्लाई करत रहुवे आ कई बेर सप्लाई में दिक्कत होखत रहुवे. एके कंपनी से बेल्ट खरीदे का पाछा के मजबूरी ई रहे कि बेल्ट कवनो वध कइल जानवर के चमड़ा से ना बनावल जात रहुवे. बाकिर संघ के कुछ स्वंयसेवकन के, खास कर के जैन समुदाय के, एहसे कुछ दिक्कत रहुवे.अब सिंथेटिक बेल्ट के अनुमति दे दिहल गइल बा. संघ के गणवेश में करिया टोपी, उज्जर शर्ट, बेल्ट, खाकी पैन्ट, खाकी मोजा, आ करिया जूता रही. हाथ में लाठी त असल पहिचाह हइये ह.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।