संजय दत्त के अर्जी सुप्रीम कोर्ट खारिज कर दिहलसि

गैरकानूनी हथियार राखे के दोषी संजय दत्त सु्प्रीम कोर्ट में अर्जी लगवले रहलें कि उनुका मामिला पर फेर से विचार कइल जाव आ उनुका के दिहल सजा माफ कर दिहल जाव. संजय दत्त के १६ मई से पहिले सरेंडर करे के बा आ अपना सजा के बाकी साढ़े तीन साल जेल में बितावहीं के पड़ी. संजय दत्त हर तरह के कानूनी रास्ता अख्तियार कइला का साथही राजनीतिक दबावो बनावे बनवावे के कोशिश कइलन बाकिर कवनो उपाय कामे ना आइल.

देखल जाव कि संजय दत्त सरेंडर करत बाड़न कि फेरु कवनो कानूनी पेंच खोज निकालत बाड़न.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।