संजय पांडे देखइहें आपन ‘दबदबा’

ग्लैमर वर्ल्ड में आदमी क काम, व्यवहार आ समय के पंक्चुअलटी बोलेले. नंबर वन खलनायक संजय पांडे एही तीनो का बदौलत भोजपुरी सिनेमा पर राज करत बाड़े. संजय पांडे अब निर्माता शंभू पांडे के फिल्म ‘दबदबा’ खातिर अनुबंधित कइल गइल बाड़े. संजय पांडे निर्माता शंभू पांडे के फिल्म ‘गुलाम’ एहसे पहिले कर चुकल बाड़े.

संजय पांडे निर्देशक बाली के निर्देशन में बनत ‘मर्द तांगेवाला’ फिल्मो में मुख्य खलनायक के भूमिका में बाड़न. एह फिल्म के नायक हउवें एक्शन स्टार विराज भट्ट. संजय पांडे एह घरी लगभग हर बैनर के फिल्म में मुख्य खलनायक बन के लउकत बाड़े.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।