संजय पांडे देखइहें आपन ‘दबदबा’

ग्लैमर वर्ल्ड में आदमी क काम, व्यवहार आ समय के पंक्चुअलटी बोलेले. नंबर वन खलनायक संजय पांडे एही तीनो का बदौलत भोजपुरी सिनेमा पर राज करत बाड़े. संजय पांडे अब निर्माता शंभू पांडे के फिल्म ‘दबदबा’ खातिर अनुबंधित कइल गइल बाड़े. संजय पांडे निर्माता शंभू पांडे के फिल्म ‘गुलाम’ एहसे पहिले कर चुकल बाड़े.

संजय पांडे निर्देशक बाली के निर्देशन में बनत ‘मर्द तांगेवाला’ फिल्मो में मुख्य खलनायक के भूमिका में बाड़न. एह फिल्म के नायक हउवें एक्शन स्टार विराज भट्ट. संजय पांडे एह घरी लगभग हर बैनर के फिल्म में मुख्य खलनायक बन के लउकत बाड़े.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..