संजय पांडे फिर नये लुक में

भोजपुरी खलनायक संजय पांडे अब एक बेर फेर अपना लुक लेके नया प्रयोग करे वाला बाड़न आ ई लुक देखे क मिली बिट्टू सरदार के फिल्म ‘रिक्शा वाला आई लव यू’ में. एह फिल्म में संजय पांडे के खलानयकी के फ्रेम परम्परा से अलग किसिम के बा. संजय पांडे के क्रूरता अइसन बा कि पूछीं जन. जहाँ ले संजय पांडे के लुक के सवाल बा त चांदीवली स्टूडियो में चलत शूटिंग में कईएक स्टाफो संजय पांडे के ना पहचान पवलें. संजय पांडे के अबहीं करीब 15 गो फिल्म फ्लोर पर बाड़ी सँ.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..