संजय पांडे बनलन महारानी

भोजपुरी सिनेमा का इतिहास में पहिला बेर कवनो खलनायक किन्नर बनि के अपना दुश्मनन से मारपीट करत नजर आई फिल्म “बताशा चाचा” में आ ई किरदार करत बाड़न भोजपुरी सिनेमा के खलनायक नंबर वन संजय पांडे. एह फिल्म में एगो किन्नर के जिनिगी के दरदो सामने आई.

संजय पांडे एह फिल्म में लड़िका चोरावे वाला एगो किन्नर का भूमिका में बाड़े. फिल्म में संजय पांडे के खलनायकी के जलवा त लउकबे करी, “कजरारे कजरारे” गाना पर उनकर एगो आयटमो देखे के मिली दर्शकन के. संजय पांडे के ई लुक सभका के चँउका रहल बा. खुद निरहुआ एह लुक के देख अचकचा गइलें. कहलें कि “रउरा त “सड़क” फिल्म वाली महारानियो पर भारी पड़ल बानी.” बिहार में फिल्म का रिलीज का बाद संजय पांडे का हर सीन पर दर्शकन के ताली बाजत बा. फिल्मकार राजकुमार पांडे के कहना बा कि संजय एह किरदार में जान डाल दिहले बाड़े.

चारो तरफ से मिल रहल एह बड़ाई पर संजयो पांडे गदगद बाड़े. कहलें कि बहुते चुनौती वाला किरदार रहे ई. शुक्र बा कि उनकर किरदार सभका पसन्द आइल बा.

बतावत चलीं कि संजय पांडे एहसे पहिले ” दाग, लहरिया लूटा ए राजा, मृत्युंजय, सात सहेलियां” वगैरह फिल्मन में खलनायक के भूमिका निभवलें आ सगरी फिल्म सुपर डुपर हिट रहली सँ. अब “बताशा चाचा” में उनकर किरदार संजय पांडे के टॉप चार्ट में नंबर वन खलनायक बना दिहले बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।