संजय पांडे लिहले ‘सौगंध गंगा मईया के’

यूपी में एक तरफ चुनावी मौसम अपना पूरा शबाब पर बा त देश के सांस्कृतिक राजधानी काशी में एह घरी संजय पांडे अपना भोजपुरी फिल्म ‘सौगंध गंगा मईया के’ क शूटिंग करत बाड़े. कड़ाका का ठंडो में संजय पांडे मौसम से बेपरवाह शूटिंग में लागल बाड़े. सबेरे साते बजे सेट पर चहुँप जात बाड़न संजय पाण्डेय. एह फिल्म के निर्देशक हउवे राजकुमार पाडे आ नायक बाड़े पवन सिंह.

आवे वाला समय में संजय पांडे के बीस से अधिका फिल्म रिलीज होखे का लाइन में बाड़ी स जवना में जगदीश शर्मा के ‘एक बिहारी सौ पर भारी’, राजकुमार पांडे के ‘सौगंध गंगा मईया के’, मुकेश पांडे के ‘सपूत’, निर्माता जे.पी. सिंह के ‘बजरंग’, शंभू पांडे के ‘गुलाम’, जितेश दुबे के ‘यादव पान भंडार’, ‘मुन्नी बदनाम भईल सईयां तोहरे खातिर’, अजय गुप्ता के ‘पागल प्रेमी’, ‘बुलंदी’, ‘हार ना पाई प्यार हमार’, ‘राजा के रानी से प्यार हो गईल’, ‘कईसन पियवा के चरित्तर बा’, ‘गजब सीटी मारे सईयां पिछवाड़े’, फहीम खान के फिल्म ‘रंग दे प्यार के रंग में’, ‘कहीं दिया जले कहीं जिया’, ‘सईयां अरब गईले ना’ आ निर्देशक शाद कुमार के फिल्म ‘आज के गौतम गोविंदा’ खास बाड़ी स. हर फिलिम में सजय पांडे अलगा-अलगा लुक में नज़र अइहें.

एह बीस फिलिमन के अलावा कई गो अउरियो फिलिमन के शूटिंग अलग अलग स्टेज में बावे. कुछ अउरियो फिलिम फ्लोर पर जाये का तइयारी में बाड़ी स.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।