हमहन लोग बंजारा हईं : बालगोविंद बंजारा
-

भोजपुरी सिनेमा के खलनायकन में आजुकाल्हु तगड़ा कम्पीटिशन के माहौल बन गइल बा. एह कंपटीशन में नया नाम जुड़ गइल बा बालगोविंद बंजारा के. जब बाल गोविन्द से पूछल गइल कि ऊ अपना नाम का साथ बनजारा काहे लिखेले जबकि ऊ मद्धेसिया हउवन. त उनुकर सीधा जबाब रहल कि हमनी का कलाकार बनजारे हईं स. कहींओ तंबू बंबू गाड़के अपना कला के कैमरा में कैद करा लिहिले स दर्शकन का सोझा परोसे खातिर. त हमनी का बंजारा भइली स कि ना ?

एह घरी बालगोंविंद निर्देशक जगदीश शर्मा के फिलिम ‘एक बिहारी सौ पर भारी’ आ फहीम खान के निर्देशन में बनत फिल्म ‘दिल तऽ पागल होला’, आ रामदेवन निर्देशित ‘काली’ का शूटिंग में बहुते व्यस्त बाड़े. बालगोविंद के आवे वाली फिलिमन में ‘यादव पान भण्डार’, ‘धुरंधर’, ‘मितवा जनम जनम के’ शामिल बाड़ी स. धुरंधर में त बालगोविंद का उपर एगो शानदार होली गीतो फिल्मावल गइल बा.


(दिनेश यादव के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts