संजय पाण्डे के खतरनाक स्टंट

पिछला दिने भोजपुरी फिल्म “राजा के रानी से प्यार हो गइल” खातिर प्रतापगढ़ में चलत शूटिंग का दौरान भोजपुरी के नं॰ वन खलनायक संजय पाण्डे बिना कवनो डुप्लीकेट के एगो खतरनाक स्टंट कइले जवना का देख सभे दंग रह गइल. सीन में उनुका करीब चालीस फीट उपर से कूदे के रहे जवना खातिर उनका के सिक्यूरिटी वायर दिहल गइल बाकिर ऊ बिना वायर लगवले छलांग मार के ई सीन शूट करवले. कहीं त संजय पाण्डेय के ई आदत हो गइल बा खतरनाक स्टंट करे के. पिछला दिने “दुश्मनी” का शूटिंग में ऊ बीस फीट उपर से कुद के काँच तूड़ले रहले. काँच त टूट गइल बाकिर उहो घवाहिल हो गइलें. एकरा बावजूद शूटिंग जारी रखवा के सीन पूरा करवलें. इलाहाबाद में “बजरंग”का शूटिंगो में अइसने भइल. एगो ऊँच बिल्डिंग से छलांग लगा के पवन सिंह के दू दू हाथ करे के रहे ओह सीन में. आजमगढ़ में “औलाद” के शूटिंग में अइसहीं एगो खतरनाक बाईक स्टंट कइले जवना से सभे हैरान रह गइल.

असल में ई सब खतरनाक सीन संजय पाण्डे एहीसे कर देलें कि ऊ एकरा खातिर बाकायदा ट्रेनिंगो लिहले बाड़न.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।