संजय पान्डेय के सिल्वर जुबिली

भोजपुरी सिनेमा के नं॰१ खलनायक संजय पाण्डेय बतौर खलनायक सिल्वर जुबिली पूरा कर लिहलें. खलनायक का रुप में उनुकर पचीसवाँ फिलिम रहल “राजा के रानी से प्यार हो गइल” आ एकर जश्न ऊ प्रतापगढ़ में शूटिंग का सेट पर मनवलन जवना में प्रतापगढ़ के अनेके दिग्गज हस्ती शामिल भइले आ संजय पाण्डेय के गुलदस्ता भेंट कइले. साल २००२ में “कहिया डोली ले के अइब” फिल्म से अपना खलनायकी के शुरुआत कइले रहले आ संजोग से ओहू फिल्म के शूटिंग प्रतापेगढ़ में भइल रहे. निर्देशक रहले राजकुमार आर पाण्डेय. “राजा के रानी से प्यार हो गइल” के निर्देशक बाड़न शैलेश पाण्डेय आ स्वप्न दीप. एह बीच संजय पाण्डेय के खलनायकी से सजल दिवाना, सात सहेलिया, देवरा बड़ा सतावेला, मृत्युंजय, दरार, दिलजले, नाग नगीना वगैरह हिट पर हिट फिल्म अइली सँ. एह घरी संजय पांडे के पाँच गो फिलिमन के शूटिंग यूपी में चलत बा आ बतावल जात बा कि जल्दिये बिहारो में उनुकर पाँच गो फिलिमन के शूटिंग शुरु होखे वाला बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।