संझिया अदालत का विरोध में बिहार के वकील हड़ताल पर

बिहार राज्य के वकील सोमार का दिने अदालती काम के वहिष्कार कइले. ऊ लोग चाहत बा कि सरकार सँझिया अदालत के अधिसूचना वापिस ले लेव. सरकार ओह लोग के माँग पर कुछ ना कइलसि जवना चलते ऊ लोग आजु हड़ताल कर दिहल. सरकार चाहत बिया कि अदालत के सामने लागल मुकदमा के भीड़ खतम हो जाव आ केस मुकदमा के फैसला जल्दी हो जाइल करे. वकील लोग के कहना बा कि सँझिया अदालत से मुवक्किल आ वकील दुनु के परेशानी होखी. दूर दराज से आवा वाला लोग सँझिया अदालत का बाद कइसे वापिस लवटि. दोसरे एह से वकील लोग पर काम के बोझ बढ़ जाई आ जल्दबाजी में केस के फैसला होखला से ओकरा गुणवत्ता में कमी आई.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।