संझिया अदालत का विरोध में बिहार के वकील हड़ताल पर

बिहार राज्य के वकील सोमार का दिने अदालती काम के वहिष्कार कइले. ऊ लोग चाहत बा कि सरकार सँझिया अदालत के अधिसूचना वापिस ले लेव. सरकार ओह लोग के माँग पर कुछ ना कइलसि जवना चलते ऊ लोग आजु हड़ताल कर दिहल. सरकार चाहत बिया कि अदालत के सामने लागल मुकदमा के भीड़ खतम हो जाव आ केस मुकदमा के फैसला जल्दी हो जाइल करे. वकील लोग के कहना बा कि सँझिया अदालत से मुवक्किल आ वकील दुनु के परेशानी होखी. दूर दराज से आवा वाला लोग सँझिया अदालत का बाद कइसे वापिस लवटि. दोसरे एह से वकील लोग पर काम के बोझ बढ़ जाई आ जल्दबाजी में केस के फैसला होखला से ओकरा गुणवत्ता में कमी आई.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..