संतान के प्रोमोशन में उमड़ल जनसैलाब

पिछला हफ्ता रिलीज़ भइल आ सफलता के राह पर बढ़ल जात भोजपुरी फिल्म “संतान” के प्रोमोशन के दौरान बिहार में लागल कि जन सैलाब उमड़ पड़ल बा. भोजपुरी फिलिमन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन, अदाकारा पाखी हेगड़े, शुभी शर्मा आ अवधेश मिश्रा के एक झलक देख लेबे खातिर अफरा तफरी मचल रहे.

हैरी फर्नांडिस निर्देशित आ स्वरुप फिल्म्स के बनावल फिल्म “संतान” के बहुते शानदार तरीका से गाजा बाजा का साथे हाथी के सवारी करत रिलीज़ कइल गइल. “संतान” के दर्शकन से सीधे जोड़े खातिर रवि किशन खुद अपना सहयोगी कलाकारन का साथ प्रोमोशन करे निकल पड़ले. बिहार के ताजपुर, समस्तीपुर, आ दरभंगा में हजारो दर्शकन का मौजूदगी में ऊ सिनेमा हॉल जा जा के दर्शकन के मनोरंजन कइलन. दरभंगा में त फिल्म आ रवि किशन खातिर दिवानगी अइसन रहल कि उमा सिनेमाघर के बहरी मेन रोड पर घंटन जाम लागल रहि गइल. बहरहाल धीरे धीरे औरतन का दिल में जगह बनावत जा रहल फिल्म “संतान” ई साबित कर दिहलसि कि भोजपुरी सिनेमा जल्दिये संकट के दौर से निकले बाला बा.


(स्रोत – उदय भगत)

1 Comment

  1. MITHILESH ADITYA

    Badhaee.

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..