संतोष श्रीवास्तव भाग्यशाली बन गइले


जब से संतोष श्रीवास्तव के मशहूर निर्माता रामाकान्त प्रसाद अपना फिल्म “दिलजले” में साइन कइलें तब से संतोष श्रीवास्तव के भाग जाग गइल लागत बा. खुद संतोष के कहना बा कि ओकरा बाद से ऊ कई गो फिल्म खातिर साइन कइल गइले. जइसे कि “बुलन्दी”, “टिप टॉप लैला अंगूठा छाप छैला”, अभय सिन्हा के “बिदेसिया” जवना के निर्देशक रंजन सिन्हा बाड़े, निरहुआ इन्टरनेशनल के फारुक सिद्दीकी निर्देशित “निरहुआ तांगेवाला” आ असलम शेख निर्देशित फिल्म “औलाद”, अभिषेक सिन्हा निर्देशित फिल्म “प्रीत के रीत निभइह सजना” वगैरह. संतोष श्रीवास्तवो के लागत बा कि रामाकान्त प्रसाद के “दिलजले” उनुका खातिर बहुते सगुनिया रहल.


(स्रोत – दिनेश चन्द्र)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।