संसद के महत्ता खतम करे के अनुमति मत दिहल जाव : लालू

नई दिल्ली, 17 अगस्त (आईएएनएस). राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद बुध का दिने सांसदन से कहलन कि केहू के संसद के महत्ता खतम करे के अनुमति ना मिले के चाहीं.

अन्ना हजारे के गिरफ्तारी का मसला पर संसद में चररचा का दौरान अपना जानल पहिचानल अन्दाज में लालू सांसदन के गोहार लगवलन कि कानून बनावे में संसद के सर्वोच्चता बरकरार राखल जाव. कहलन कि भ्रष्टाचार का खिलाफ कानून बनावे का मामिला में संसद के अबही कवनो गलती ना करे के चाहीं.

लालू कहलन, “लोग हमनी के सांसद चुनले बा. यदि हमनी का गलती कर देत बानी त संसद हमेशा ला बंद हो जाई आ अगिला पीढ़ी लोकतंत्र के खतम करे खातिर हमननिये के दोष दी.”

लालू कहलन, “यदि हमनी का विफल हो जातानी आ प्रभावी ढंग से आपन कामकाज नइखी करत त हमनी का आपन प्रासंगिकता गँवा देब जा. हमनी के संसद के नष्ट नइखे होखे देबे के. हमनी के संसद के सर्वोच्चता बरकरार राखे के पड़ी.”

कहलन कि सरकार के बनावल लोकपाल विधेयक फिलहाल संसद का स्थाई समिति का लगे बा. समिति का पहिलके बईठक में अन्ना हजारे के टीम के बोलावल गइल रहे आ अपना विधेयक के स्वरूप पेश करे के मौका दिहल गइल रहे आ सरकारी विधेयक पर ओह लोग के राय मांगल गइल रहे.
(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)

0 Comments

Submit a Comment