सइयां अरब गइलें ना के पहिला झलक उजागर

भोजपुरी फिलिम अभिनेता खेसारी लाल यादव अउर काजल राघवानी के मख्य किरदार जोड़ी वाली फिलिम ‘सइयां अरब गइलें ना’ के पहिला झलक उजागर हो गइल बा.

जाने जोग बा कि आजु से चार बरीस पहिले भोजपुरी फिलिम इंडस्‍ट्री में एगो गाना खूबे वायरल भइल रहुवे जवन खेसारीलाल यादव के स्‍टारडम के तेजी से सुपर स्टार के मुकाम पर चहुँपा दिहलसि. ओह गाना के बोल रहल – ‘सइयां अरब गइलें ना’. अब एही नाम पर बनल फिलिम रिलीज ला तइयार हो गइल बा. एह ‘सइयां अरब गइलें ना’ फिलिम के पहिलका झलक सामने आ गइल बा जवना में खेसारीलाल आ काजल राघवानी के जोड़ी नजर आवत बा.

एह फिलिम के शूटिंग दुबई, मुंबई, अउऱ गुजरात के मनोरम लोकेशनन पर कइल गइल. पहिलका भोजपुरी फिलिम होखी ई जवना के शूटिंग बड़हन पैमाना पर दुबई में कइल गइल रहे. एह फिलिम से खेसारीलाल यादव के ढेरे उमाद बा आ उनुकर कहना बा कि जनता एह फिलिमो के वइसने लाड़ देव जइसन ऊ उनुका गाना ‘सइयां अरब गइलें ना’ के दिहले रहल.

सइयां अरब गइलें ना फिलिम के प्रेमांशु रंजन निर्देशित कइले बाड़न आ निर्माता अभय सिन्‍हा, प्रशांत जम्‍मूवाला, आ अर्पणा शाह हउवे लोग. निर्माता अभय सिन्हा के कहना बा ति ई फिलिम हर एंगल से खास आ इंटरटेनिंग बा. एकर मजबूत पटकथा आ कास्टिंगो बेहतरीन बा.

एह फिलिम में खेसारीलाल यादव अउऱ काजल राघवानी का साथे खास भूमिका में शुभी शर्मा, सूर्या द्विवेद्वी, एहसान खान, अशोक पांडेय, श्रद्धा नवल, सोनू पांडेय, आ बृजेश त्रिपाठी बाड़ें. मिस जम्‍मू रह‍ल अनारा के स्‍पेशल अपियरेंसो खास बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *