सईंया के साथ मड़ईया में के दस्तक १४ मई से

भोजपुरिया सुपर स्टार पवन सिंह स्टारर फिल्म सईंया के साथ मड़ईया में १४ मई के बिहार आ झारखण्ड के सिनेमाघरन में रिलीज होखे जा रहल बा.

आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के प्रस्तुति आ संदीप श्रीवास्तव फिल्म्स निर्मित एह फिल्म के निर्देशन राजकुमार आर पाण्डे कइले बाड़े आ सुपर स्टार पवन सिंह के एगो नया लुक एह फिल्म में देखे के मिली. साथ में बाड़ी हॉट आ हिट अदाकारा मोनालिसा आ बाकि खास पात्र में अविनाश शाही, ब्रजेश त्रिपाठी, संजय पाण्डे, आनन्द मोहन, शिवम तिवारी, के के गोस्वामी, पृथ्वी सिंह आ आयटम गर्ल सीमा सिंह बाड़ी.

मारधाड़ के हैरत अंगेज दृश्यन से सजल एह फिल्म के रोमांटिक लव स्टोरी आ एकर सुपर हिट गाना विनय बिहारी लिखले बाड़न. संगीत राजेश गुप्ता के बा. छायाकार प्रमोद पाण्डे, संकलन जीतू के, आ नृत्य कानू मुखर्जी निर्देशित बा,


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।