सईंया भइल परदेसी के संगीत मुहुर्त

पिछला दिने एगो भोजपुरी फिल्म “सईंया भइल परदेसी” के संगीत मुहुर्त मुंबई में करावल गइल जहवाँ मशहूर भोजपुरी गायिका कल्पना, इन्दु सोनाली, आ सबले बढ़ के उदित नारायण का आवाज में फिल्म के सगरी गाना रिकार्ड करावल गइल. फिल्म में एक दर्जन गाना बाड़ी सँ जवना में से चार गो त आयटमे सांग हईं सँ. गाना फिल्म के निर्माता रामजी सिंह खुदे लिखले बाड़न. फिल्म के निर्देशन हाजीपुर के नरेन्द्र सिंह करीहें. फिल्म खातिर कलाकारन के चयन चल रहल बा.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।