‘सईया ड्राईवर बीबी खलासी’ हंगामा मचावे के तइयार

मशहूर निर्देशक प्रकाश झा आ महेश मांजरेकर के सहयोगी निर्देशक रहल अंजनी कुमार बतौर निर्देशक अपना पहिला भोजपुरी फिल्म ‘सईया ड्राईवर बीबी खलासी’ से भोजपुरिया पर्दा पर हंगामा मचावे के तइयार बाड़े. फिल्म के पूरा नाम ह ‘जिनगी ह गाड़ी सईया डराईवर बीबी खलासी’. एह भरपूर मनोरंजन परोसे वाली फिल्म का माध्यम से मरद मेहरारू के प्रेम कहानी देखावल गइल बा.

एह फिल्म के गीत-संगीत के खूब सराहल जात बा. एह फिल्म में गोधन, होली, आ डोमकच के गाना शामिल बाड़ी सँ. ऑलवेज बी पाजिटीव पिक्चर्स के बैनर तले बनल एह फिल्म में भोजपुरी के प्रतिभाशाली अभिनेत्री रिंकू घोष आ नवोदित अभिनेता अनुज गुप्ता के प्रमुख भूमिका बा, दोसरा कलाकारन में महानायक कुणाल सिंह, अवधेश मिश्रा, नीलिमा सिंह, सीमा सिंह, राजीव परशुराम, बसंत कुमार, सुमन कुमार, सुगन्धा, स्नेहा पल्लवी, मास्टर साहिल राय, राजेश राजा आ राम कुमार मोनार्क के नाम बा.

संगीत प्रियदर्शन पाठक के, गीत विनय बिहारी के, पटकथा आ संवाद निलय उपाध्याय के आ निर्माण अनुज गुप्ता अउर अंजनी कुमार के हवे.

फिल्म के प्रदर्शन 18 नवम्बर से पूरा बिहार में कइल जा रहल बा.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।