सगरी खबर भोजपुरी में (मंगल, 23 जून 2015)
  • तमिलनाडु के मुख्यमंत्री जयललिता के खिलाफ जानल आमदनी से अधिका के संपति होखला के मामिला में कोर्ट से मिलल राहत का खिलाफ आजु मंगल का दिने कर्नाटक सरकार सुप्रीम कोर्ट में गोहार लगा दिहलसि. ओकर कहना बा कि जयललिता के चुनाव लड़े लायक ना माने वाला आदेश के बरकरार राखे के चाहीं. राज्य सरकार के वकील के कहना रहल कि हाई कोर्ट उनुका के आपन बात राखे के पूरा मौका ना दिहलसि.
  • भाजपा के कहना बा कि कर्नाटक सरकार के एह गोहार का पीछे राजनीतिक मकसद बा, अब अलग बात बा कि राजनीतिके मकसद से भाजपो के बयान साममे आइल बा. जबकि कांग्रेस के कहना बा कि कर्नाटक सरकार के कदम राजनीति का चलते ना कानूनी जरूरत का हिसाब से कइल गइल बा.
  • दिल्‍ली के सरकारी डाक्टर आपन सगरी माँग मान लिहला का बावजूद काम पर नइखन लवटत. काम पर लवटे खातिर एह लोग के आजु एगारह बजे सबेरे तक के मौका दीहल गइल रहुवे. दिल्‍ली के स्‍वास्‍थ्‍य मंत्री सत्‍येन्‍द्र जैन कहत बाड़न कि लोग के होखत परेशानी के मद्दे नजर डाक्टर लोग के अपना काम पर लवट आवे के चाहीं खास क के तब जब सरकार ओह लोग के सगरी माँग मान लिहले बिया.
  • आजु से शुरू भइल दिल्‍ली विधानसभा के बजट सत्र का पहिलका दिने कम संख्या में होखला का बावजूद भाजपा के विधायक तोमर के फर्जी डिग्री का मुद्दा पर जम के बवाल कटले आ ओह लोग के विधान सभा से मार्शल का सहारे बाहर निकाल दीहल गइल.
  • वित्‍त मंत्री अरूण जेटली के कहना बा कि अगर राज्‍यसभा में भूमि सुधार विधेयक के पास नइखे होखे दीहल जात त मजबूरन संसद के दुनू सदन के जुड़ल सत्र बोला के एकरा के पारित करावल जाई. काहे कि देश के विकास आ आर्थिक सुधार अउर किसानन के फायदा खातिर एह कानून के पास होखल बहुते जरूरी बा. कहलन कि अबहियों उमेद बा कि विरोधी एह बात के समुझीहें आ जुड़ल सत्र बोलावे के जरूरत नाहियो पड़ सकेला.
  • ईरान के संसद अपना सरकार के परमाणु उपलब्धियन आ ईरानी राष्ट्र के परमाणु अधिकारन के रक्षा खातिर मजबूर बनावे वाला विधेयक के पारित कर दिहलसि. अब कवनो देश से ईरान के परमाणु समझौता तबहिए मानल जाई जब ओकरा के ईरान के संसद मजलिसे शूराए इस्लामी मान ली.
  • यूरोज़ोन के नेता लोग ग्रीस के करजा के संकट के समाधान के राह जल्दिए खोज लेबे के उमेद जतवले बा. यूरोपीय संघ के अध्यक्ष डोनाल्ड टस्क के कहना बा कि यूरोज़ोन के वित्त मंत्री लोग काल्हु एक बेर फेरू बइठका करी जवना में ग्रीस के मदद करे पर चरचा होखी आ आखिरी फैसला लीहल जाई. ग्रीस सरकार के एह महीना के आखिर ले अंतरराष्ट्रीय मुद्रा कोष के डेढ़ अरब यूरो लवटावे के बा. अगर ग्रीस अइसन ना कर पाई त ओकरा के यूरोज़ोन से बाहरो कइल जा सकेला.
  • मदर टेरेसा के संस्था मिशनरीज़ ऑफ चैरिटी के सुपीरियर जनरल सिस्‍टर रहल सिस्टर निर्मला के काल्हु रात 81 बरीस का उमिर में लमहर बेमारी का बाद कोलकाता में मौत हो गइल. पीएम मोदी उनुका मौत पर आपन शोक संदेश भेजले बाड़न. सिस्‍टर निर्मला के असली नाम निर्मला जोशी रहुवे आ उनकर जनम रांची में भइल रहुसे. पटना से पढ़ाई कइला का बाद सिस्‍टर निर्मला 1976 में मिशनरीज ऑफ चैरिटी से जुड़ गइल रही आ पूरा जिनिगी ओकरे साथे रहली.
  • मुंबई हमले के मास्टरमाइंड आ लश्कर-ए-तैयबा के कमांडर जकीउर रहमान लखवी के रिहाई खातिर पाकिस्तान के खिलाफ कार्रवाई के मांग करे वाला भारत के कदम का खिलाफ चीन वीटो लगा दिहले बावे. ओकर कहना बा कि एह मामिला में भारत का लगे पर्याप्त सुबूत नइखे.
  • तृणमूल कांग्रेस सुप्रीमो आ पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के भतीजा आ पार्टी के युवा शाखा के प्रमुख अभिषेक मुखर्जी काल्हु 24 परगना मे एगो कार्यक्रम मे विरोधियन के धमकावत कहलन कि अगर केहु बंगाल का ओर आँख देख‌ाई त औकर अँखिए निकाल लीहल जाई. केहु हाथ उठाई त ओकर हाथ काट दीहल जाई. एह तहर के बयान खातिर तृणमूल कांग्रेस के जम के निंदा हो रहल बा.
  • योग के कुकुरन जइसन हरकत बतावे वाला माकपा महासचिव सीताराम येचुरी अब अपना बयान के सफाई देत फिरत बाड़न. कहले रहले कि योग में कुकुरन जइसन हरकत देखे के मिलेला. बाकिर चौतरफा विरोध का बात कहत बाड़न कि उनुका बात के गलत मतलब निकालल गइल बा.
  • भारतीय शेयर बाजार में तेजी के सिलसिला मंगलो का दिने लगातार आठवां सत्र में जारी रहल आ सेंसेक्स 74 आ निफ्टी 28 अंक के बढ़त ले के बंद भइल,
  • बिहार कर्मचारी चयन आयोग बिहार के स्वास्थ्य विभाग के ग्रेड -3 में तकनीकी पद के 2223 गो पद पर बहाली खातिर आनलाइन आवेदन मंगवले बावे. एह बहाली में एक्स-रे टेक्नीशियन के 215 गो, शल्य कक्ष सहायक के 236 गो आ प्रयोगशाला प्रवैद्यिक के 1772 गो खाली पद के भरल जाई. आवेदन 26 जून से 14 जुलाई का बीच करावल जा सकी. एकरा खातिर आवेदन http://bssc.bih.nic.in पर देबे के बा. अधिका जानकारी ओहिजे से लीहल जा सकेला.
  • लमहर दिन तिकवला का बाद काल्हु बिहार के उतरवारा इलाकन में बरखा भइल आ मानसून चहुँप गइल. सोमार का दिने भागलपुर, पूर्णिया, कटिहार, अररिया, किशनगंज, मधेपुरा आ सुपौल में झमाझम बरखा भइल. तीन दिन का भितरे मानसून पूरा बिहार में चहुँप जाए के उमेद जतावत बावे मौसम विभाग.
  • बिहार विधानसभा चुनाव खातिर नया नया गोल बनावल गइल बा. मुख्यमंत्री रहल जीतन राम माँझी हम बनवलन त नागमणि समरस समाज पार्टी, लालू प्रसाद के साला साधु यादव गरीब जनता दल (सेक्यूलर), आ सांसद पप्पू यादव जनाधिकार पार्टी बनवले बाड़न. अउरियो कई गो नेता बाड़न जे आपन आपन गोल बना के कवनो ना कवनो तरफ गोटी सेट करे का फिराक में लागल बाड़े.
  • अतवार का दिने सारण जिला के छपरा के हथुआ मार्केट में पियककड़न के बवाल आ दुकानदारन से मारपीट भइला का बाद सोमार का दिने हथुआ मार्केट के दुकान बंद राखल गइली सँ.
  • सिवान के तेजाब कांड के चश्मदीद गवाह राजीव रौशन के हत्या का मामिला से जुड़ल मामले में सांसद रहल मो. शहाबुद्दीन कीे रिविजन याचिका पर सोमार का दिने सुनवाई ना हो सकल काहे कि मूल दस्तावेज जमा ना करावल गइल रहे.
  • गोपालगंज जिला के सिधवलिया प्रखंड के झझवां पावर हाउस का लगे लागल ट्रांसफार्मर जर गइला का चलते कई गो गांंवन के बिजली गोल हो गइल बा आ विभाग ट्रांसफार्मर बदले का दिसाईं कुछ करतो नइखे लउकत.
  • भोजपुर जिला के बहोरनपुर इलाका के गौरा गांव दहेज खातिर एगो औरत के मुआ देबे के मुकदमा दायर भइल बा. ओकर बिआह साल 2009 में भइल रहुवे. आ दहेज खातिर ओकरा के ताड़ना देबे वाला ससुरारी के लोग अब ओकर जान ले लिहले बाड़न आ लाशो गायबक दिहले बाड़न. ओकर भाई इहे शिकायत करत केस लिखववले बा.
  • दू दिन पहिले बक्सर जिला के इटाढ़ी इलाका के ओड़ी के बधार से मिलल लाश के पहचान हो गइल बा आ मामिला के उद्भेदन करत पुलिस के कहना बा कि शेरपुर के रहे वाला एगो ओकर मरद से अपना मेहरारू के आशिकई देख के ओड़ी के एगो आदमी अपना एह मेहरारू के गोली मार दिहलसि आ लाश ले के बधार में ठेकाने लगा दिहलसि.
  • बक्सर के चौसा-कोचस सड़क पर साइकिल से जात मोहनपुरवा गांव के एगो आदमी के मौत बस से कचरइला का बाद हो गइल. हादसा देखे वाला लोग बस ले के भागत चालक के चहेट के तीन किलोमीटर आगे यादव मोड़ का लगे पकड़ लिहलन आ चालक के धुलाई क के पुलिस के सँउप दिहले.
  • बलिया के निजी शारदा अस्पताल तिखमपुर में भइल सामूहिक दुराचार के दूगो आरोपियन, सर्वोत्तम चौबे आ शिवम पांडेय, के जमानत अर्जी बलिया के आदालत में खारिज हो गइल.
  • गाजीपुर जिला के खानपुर इलाका के एगो लड़िकी साथे ओकरे गाँव के चार गो बदमाश जबरिया उठा के एगो पंपिग सेट पर ले जा के कुकर्म कइलन. एकर शिकायत ओह लड़ीकी के भाई थाना में कइले बा.
  • मऊ के घोसी इलाका के एगो नवही देवरिया जिला के मदनपुर इलाका के नकईल के अपना दोस्त से मिले खातिर राप्ती नदी पार करे ला बड़हलगंज से नाव पर सवार भइल. बान्हल रसरी से ऊ नाव के खीचत रहुवे कि ओकर हाथ छूट गइल आ बीच नदी में गिर के डूब गइल.
  • गोरखपुर जेिला के कैंपियरगंज इलाका के अलगटपुर का लगे सोमार का दिने रोहिन नदी में नहात घरी एके परिवार के तीन गो लड़िका डूब गइलें. ओकनी साथे डूबत तीन गो अउरी लड़िकन के बचा लीहल गइल बाकिर ई तीनो के ना बचावल जा सकल.
  • अगर रउरा लगे कवनो अइसन नोट बा जवना का पीछे ओर बीच में नीचे छपाई के साल नइखे लीखल त ओकरा के जल्दी से जल्दी बैँक ले जा के बदलवा लीं ना त 30 जून के बाद ओकरा के चलावल गैरकानूनी होखे जा रहल बा.
  • अब दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के परिसर में सुबह-सबेरे टहले खातिर आपन पंजीकरण करावे के पड़ी मंगल का दिन से एह तरह के आवेदन लेबे के काम शुरू हो गइल बा.
  • जौनपुर जिला में अलग अलग भइल सड़क हादा में तीन आदमी के मौत हो गइल बा. मरे वालन में एगो प्रधानो रहल शामिल बाड़े. चार जने घवाहिल भइले जवना में से दू जने के हालत खराब बतावल जात बा.

0 Comments

Submit a Comment