सचिन के आखिरी टेस्ट खातिर वानखेडे मैदान चुनिए लीहल गइल

बीसीसीआई आजु मंगल का दिने मास्टर ब्लास्टर सचिन तेदुलकर के 200वाँ आ आखिरीओ टेस्ट ला मुंबई के वानखेड़े स्टेडियम पर आपन मुहर लगा दिहलसि.
राजीव शुक्ला के अध्यक्षता मे बीसीसीआई के फिक्स्चर समिति आजु वेस्टइंडीज संगे होखे वाला दू गो टेस्ट आ तीन गो एकदिना के मैदान तय कइलसि. सीरीज के पहिला टेस्ट कोलकाता के ईडन गार्डन मे छह से 10 नवंबर ले खेलल जाई आ दुसरका टेस्ट जवन सचिन के करियर के 200वां आ आखिरी टेस्ट होखी उनके घरेलु मैदान मुंबई के वानखेड़े स्टेडियम मे 14 से 18 नवंबर ले खेलल जाई.
राजीव शुक्ला बतवले कि सचिन के इच्छा के मान राखत उनकर आखिरी टेस्ट वानखेड़े मे आयोजित करे के अनुमति दीहल गइल. जान जाईं कि सचिन आपन पहिला श्रेणी के क्रिकेट एही मैदान से खेले शुरू कइले रहले.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।