‘‘सजना के अंगना में सोलह सिंगार’’ के प्रीव्यू

मैथिली फिल्म ‘सजना के अंगना में सोलह सिंगार’ के विशेष प्रीव्यू पिछला दिने मूवी लैब, गोरेगांव (प.) में भइल जवना में उदित नारायण, दीपा नारायण, अखिलेन्द्र मिश्र, आदर्श जैन, एह फिल्म के पूरा यूनिट आ गणमान्य दिग्गज मौजूद रहलें. एह फिल्म में रोमांस आ रोमांच त बड़ले बा, कुछ संदेशो बा. गांव से पलायन, खेती से मोहभंग, विधवा विवाह जइसन कई गो ज्वलंत मुद्दा आ ओकर समाधान के राह एह फिलिम में देखावल गइल बा.

मुरली के एह वन मैन शो में मुखिया बनल राजीव सिंह बहते बढ़िया लगले. राहुल सिन्हा, राखी त्रिपाठी आ शिव आर्यन के तिकड़ीओ बढ़िया बा त तृप्ति नाडकर का साथे विनोदो ग्वार आपन छाप छोड़ गइल बाड़े. लल्लन सिंह के कॉमेडी गुदगुदावत बिया, गीत-संगीत बढ़िया बा आ यूसुफ खान के छायांकन प्रशंसा लायक बा, कार्यकारी निर्माता हउवे घनश्याम मिझार आ प्रस्तुतकर्ता नित्यानंद झा.


( स्रोत : समरजीत)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।