‘सजना मंगिया सजाई दऽ हमार’ दूसरको हफ्ता में सुपरहिटे चलत बिया

RaviRajDeepu
11 जुलाई से बिहार अउर झारखण्ड में रिलीज मैनास प्रोडक्शन के बैनर में निर्माता हलचल सिंह आ निर्देशक ओमप्रकाश यादव के फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई दऽ हमार’ के भोजपुरिया दर्शकन के भरपूर प्यार दुलार मिलल बा जवना चलते पहिले हफ्ता में फिलिम के गिनिती सुपरहिट में होखे लागल आ ई सफलता दुसरको हफ्ता में बरकरार बा.

नवहियन के राजस्थानी सुपर स्टार अभिनेत्री नेहा श्री आ सुपर स्टार गायक नायक अरविन्द अकेला उर्फ कल्लू के अभिनय लोग बहुत पसंद करत बा, ग्लैमर क्वीन अर्चन सिंह आ रविराज दीपू के अभिनयो के लोग खूब सराहत बा. दबंग विलेनी देखावत बालेश्वर सिंह के दबंगई देखे देखावे जोग बा. भोजपुरी सिनेमा के स्टार कॉमेडियन मनोज सिंह टाईगर उर्फ बताशा चाचा यादव जी के किरदार में लोगन के हॅसावत बाढ़न त महाभारत के द्रोणाचार्य फेम सुरेन्द्र पाल सरपंच बनके लोग के प्रभावित करत बाड़न. बेटी के बाप के दरद देखावत उमेशो सिंह सराहल जात बाड़न.

फिलिम में एगो नौजवान डॉक्टर के किरदार में आइल रवि राज दीपू के बोलबाला हो गइल बा फिलिम ’सजना मंगिया सजाई द हमार’ से. फिलिम में रविराज दीपू के नायिका बनल बाड़ी अर्चना सिंह.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।