‘सजना मंगिया सजाई दऽ हमार’ पारिवारिक फिलिम ह मसालेदार ना : हलचल सिंह

HalchalSingh
मैनास प्रोडक्शन के बैनर तर बनल आ सेंसर बोर्ड से ‘यू’ सर्टिफिकेट लिहले भोजपुरी फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई दऽ हमार’ के निर्माता हलचल सिंह के एह बात के शिकायत बा कि दर्शक उनुका फिलिम में मसाला खोजत बाड़े. कुछ लोग के एह बात के शिकायत बा कि ना त एहमें मसाला बा, ना ‘मजेदार’ डायलाग, आ ना ही कवनो आइटम सांग. हलचल सिंह के कहना बा कि उ फिलिम बनइबे एहीला कइलन कि उनुका पारिवारिक फिलिम बनावे के रहल.

हालांकि फिलिम पिछला आठ हफ्ता से लगातार शान से चलत जात बिया एकर संतोषो बा हलचल सिंह के. तबहियों हलचल सिंह के कहना बा कि साफ सुथरा फिलिम के माँग करे व‌ाला लोग एह फिलिम के देखे नइखे जुटत. जबकि ओह लोग के चाहीं कि एह फिलिम के भरपूर समर्थन देसु ना त बढ़िया पारिवारिक फिलिम बनावे के सोचे वाला निर्माता के मन टूटे लागी. कहलन कि भोजपुरी सिनेमा में छिछोरापन आ फूहड़पन के आरोप लगावे लोग आवे आ उनुकर फिलिम देखे के बतावे कि का ई फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई दऽ हमार’ उनका पैमाना पर खरा उतरल बा कि ना.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *