सड़क दुर्घटना मे तीन जने के मौत पाँच जने घवाहिल

गोपालगंज जिला के कुचायकोट इलाका के हसना गांव का नियरा नेशनल हाइवे 28 पर आज भइल एगो सडक हादसा में दू गो औरतन समेत तीन लोग के मौत हो गइल आ पाँच जने घवाहिल हो गइल,

पुलिस सूत्र बतवले कि एगो निजी स्कूल की बस बच्चन के लेके गोपालगंज आवत रहे तबहिए हसना गांव के नियरा दोसरा तरफ से आवत एगो आटो रिक्शा से टक्कर हो गइल. एहसे आटो रिक्शा पलट गइल आ मोहम्मदपुर गांव के चालीस साल के शैल कुमारी, सासामूसा गांव के पैंतिस साल के सोनामती देवी, आ हथुआ आईटीआई के छात्र अठारह साल के दीपक कुमार के मौत ठाँवे पर हो गइल. पाँच जने घवाहिल हो गइलें.

घवाहिलन के सरकारी अस्पताल मे भर्ती करावल गइल बा.

हादसा का बाद बस ड्राइवर बस ले के भाग निकलल.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।