सड़क हादसे में दो की मौत के बाद पथराव और पुलिस फायरिंग

(प्रतीक फोटो)

सिवान 20 जून (वार्ता). बिहार के सिवान जिला के मुफ्फसिल थाना इलाका में बुध का दिने एगो पिकअप वैन से धक्का लगला का चलते दू जने के मौत हो गइल. एह हादसा से खिसियाइल लोग जम के बवाल काटल आ ओह लोग के पथराव से तीन गो पुलिसकर्मी घवाहिल हो गइलें. बाद में हालात काबू करे ला पुलिस हवाई फायर कइलसि.
अपर पुलिस अधीक्षक कांतेश कुमार मिश्रा बतवलें कि बड़हरिया थाना के चंद्रमन हाटा गांव के तीन लोग मोटरसाइकिल से शादी के खरीदारी करे कदम मोड़ बाजार जात रहुवे जब सिवान- लकड़ी दरगाह सड़क पर छक्का टोला का नियरा एगो बेकाबू पिकअप वैन उनुका मोटरसाइकिल में धक्का मार दिहलसि. एह हादसा में जगदीश चौधरी (65 बरीस) आ वीणा चौधरी (35 बरीस) के मौत ओहिजे हो गइल जबकि राघवेन्द्र पांडेय के घवाहिल हालत में अस्पताल में भरती करावल गइल बा. धक्का मरला का बाद वैन चालक फरार हो गइल.
एकरा बाद अगल बगल के गाँव के लोग ओहिजा जुट गइल आ लाश का साथे प्रदर्शन करत सड़क जाम क दीहल लोग. जाम हटावे आइल पुलिस पर लोग पथराव करे लागल जवना से तीन गो पुलिसकर्मी घवाहिल हो गइलें.
बवाल काटत लोग के काबू करे ला पुलिस पहिले लाठी चलवलसि आ बाद में हवाई फायर क के लोग के भगवलसि.
बतावल जात बा कि जगदीश के पोता के आजु बारात निकले वाला रहुवे.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।